लेखनी की होली ©सरोज गुप्ता

बुरा न मानो होली है 😃😃😃🥳🥳🥳🥳


हमरे गाँव लेखनी में हल्ला हुल्लार भइले हो 

होली कमाल भइले हो........ 


भाई रिक्त बइठ के खटिया, 

जोह रहें सबही के बटिया,

कउनो सुने कवीरा जे लिख के तैयार कइले हो

होली कमाल भइले हो.......... 


भइया नवल लिए पिचकारी, 

रंग लगावैं गजब करारी,

उनकैं गीतन से सब बच्चा,बूढ़ जवान भइले हो

होली कमाल भइले हो........... 


भइया विपिन की जिम्मेवारी,

भंग घोटाई अबकी बारी,

पिछले साल घोट के आशिष जी बेहाल भइले हो

होली कमाल भइले हो........... 


दीदी अनिता लिए मिठाई,

टेर लगावें कहाँ हो भाई,

उनकै दीवाली कै मीठाइया बसियार भइले हो

होली कमाल भइले हो........... 


दीप्ति दूर झरोखे झकनी, 

कहाँ पे बइठल हमरी रजनी,

फागुआ गीत, मजीरा, ढोल संग लहकार भइले हो

होली कमाल भइले हो............ 


गुझिया लइ सरोज जो आवैं,

बहिन वंदना पापड़ लावैं,

सौम्या भाँग पीस कै ठंडाई तैयार कइले हो

होली कमाल भइले हो............. 


लिए परशांत चले ठंडाई, 

लपके झट से संजय भाई, 

चढ़ी जो भाॅंग, परम-आनंद के सीमा पार कइले हो

होली कमाल भइले हो............ 


पीपर, हरियर रंग बनइलें, 

सूर्यम औ तुषार बउरइलें,

पकड़े अंशुमान कै पोत पोत हलकान कइले हो

होली कमाल भइले हो............. 


रंग गुलाबी लवी जो लेहलीं

रानी जिज्जी साथ निभइलीं, 

दुइनों बहिनी जाय शिवांगी के मुँह लाल कइले हो

होली कमाल भइले हो............ 


हेमा संग रेखा जी गिरलीं, 

दुइनो आपन पाँव तुड़इलीं, 

डाक्टर शिवि कै इंजेक्शन देखौ तैयार भइले हो

होली कमाल भइले हो.............

 

सुची, सुभागा बड़ी सयानी, 

दूर से डारैं रंग के पानी,

हमला पीछे से रिंकी के जोरदार भइले हो

होली कमाल भइले हो............ 


अंजलि रंगी रंगाई अइनीं, 

सम्प्रीति के संग धूम मचइनीं,

इहका देख आकांक्षा के सासत मा जान भइले हो

होली कमाल भइले हो............ 


किशोर जी मगन भये हैं आज, 

पकड़ में अइलैं भइया विराज,

पटल पे लोट लोट के कइसन इ हुल्लार कइले हो

होली कमाल भइले हो............ 


होली के हुल्लड़ी तुषार, 

गुंजित रंगे लाल गुलाल,

लड्डू खाय खाय के इ लड्डू गोपाल भइले हो

होली कमाल भइले हो............ 


मची हुड़दंग फाग की आज, 

बिना रंग फगुआ के अंदाज, 

सबहिं के रंगीन मिजाज पटल का लाल कइले हो

होली कमाल भइले हो............ 


  ©सरोज गुप्ता

टिप्पणियाँ

  1. वाह्ह्ह्ह बहुत खूब 😂😂मैम 🙏

    जवाब देंहटाएं
    उत्तर
    1. बहुत बहुत धन्यवाद 🙏🙏🙏 होली की हार्दिक शुभकामनाएँ 💐💐💐💐💐

      हटाएं
  2. होली के रंगों से सराबोर गीत 😍😍💐💐💐💐💐💐🙏🏼

    जवाब देंहटाएं
  3. अत्यंत उत्कृष्ट गीत मैम, लेखनी परिवार के सभी सदस्यों के नाम को बहुत ही अद्भुत तरीके से सँजोया है आपने, बहुत ही अद्भुत 👏👏

    जवाब देंहटाएं
  4. बहुत सुंदर होली लोक गीत..... 😄😄😄😄🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺🌺

    जवाब देंहटाएं
  5. बहुत बहुत सुंदर रचना maam👌👌🙏🙏

    जवाब देंहटाएं

एक टिप्पणी भेजें

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

कविता- ग़म तेरे आने का ©सम्प्रीति

ग़ज़ल ©अंजलि

ग़ज़ल ©गुंजित जैन

पञ्च-चामर छंद- श्रमिक ©संजीव शुक्ला 'रिक्त'